रांची में बाजी ‘दे लपेटा बांध के फेटा’

dabangAdityaक्रिकेट के मैदान में लगातार आपन दबंगई देखावत भोजपुरी सितारन के क्रिकेट टीम ‘भोजपुरी दबंग’ झारखण्ड के राजधानी रांची में अपना टाइटिल ट्रैक ‘दे लपेटा बांध के फेटा…’ पर मराठी सितारन के टीम से दू दू हाथ करत नजर आई ई टाइटिल ट्रैक भोजपुरी सितारन में जोश भरे ला वीर रस से भरपूर बनावल गइल बा. एहमें आवाज बा मनोज तिवारी ‘मृदुल’ आ दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के. एकर एगो वीडियवो बनावल गइल बा,

मनोज तिवारी के कहना बा कि ‘गैंग ऑफ वासेपुर’ के हिट गाना ‘जिया हो बिहार के लाला…’ के कामयाबी उनका के उकसवलसि कि ‘भोजपुरी दबंग’ टीम खातिर एगो टाइटिल ट्रैक बनावल जाय आ जब गाना खूबसूरत बन गइल त एकर वीडियो बनावहू के फैसला भइल जवना में टीम के सगरी खिलाड़ी नजर अइहें. एह टाइटिल ट्रैक के रांची में बजावल जाई. राँची में 24 फरवरी के वीर मराठा टीम से भोजपुरी दबंग के टक्कर होखे वाला बा.

इहो जाने लायक बाति बा कि सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग (सीसीएल) में पहिला बेर उतरल ‘भोजपुरी दबंग’ बाकी टीमन पर भारी पड़त ‘चेन्नई रियोंस’ अउर ‘केरला स्ट्राइकर’ जइसन दिग्गज टीमन के हरा के प्वांयट चार्ट में सबले उपर ‘तेलगू वेरियर्स’ संगे बा. एह दुनु टीम के अंक बराबर वा. बाकिर रन रेट का हिसाब से ‘भोजपुरी दबंग’ दुसरा जगहा पर राखल गइल बा.

राँची मे होखे वाला मैच का दौरान हिन्दी फिलिमन के चर्चित नायिका जेनेलिया डिसूजा देशमुखो मौजूद रहीहें. जेनेलिया डिसूजा केन्द्रीय मन्त्री रहल स्व. विलासराव देशमुख के पतोहु आ ‘वीर मराठा’ टीम के कप्तान रितेश देशमुख के पत्नी हई.

एह मैच के हवा बनावे खातिर भोजपुरी दबंग टीम 21 फरवरी के रांची हवाई अड्डे से बी.एन.आर. चाणक्य होटल तक रोड शो निकललसि.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..