राकेश कुमार देखइहें ‘रानी की हुकुमत’

RaniChatterjee‘प्यार कवनो खेल नाहीं’ जइसन सफल भोजपुरी फिलिम बना चुकल निर्देशक राकेश कुमार अब अपना अगिला फिलिम ‘रानी की हुकुमत’ के शूटिंग गोरखपुर आ आसपास में करावत बाड़न.

राकेश सिने मिडिया प्राईवेट लिमिटेड के बैनर वाली एह फिलिम के निर्माता हउवें राकेश कुमार, उदय भान सिंह आ उमेश यादव. मुख्य नायिका बाड़ी भोजपुरी सिनेमा के रानी कहाए वाली अभिनेत्री रानी चटर्जी.

कहानी लेखक मनोज के कुशवाहा, गीतकार कृष्णा बेदर्दी, महेश परदेशी अउर आजाद, संगीतकार कृष्णा बेदर्दी, कैमरामैन बिरजू चौधरी, कला निर्देशक अंजनी तिवारी, आ सहयोगी निर्देशक हउवें अंशु पंत.

मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, अभिषेक राय, रंजन यादव , उमेश सिंह आ ललन सिंह के नाम बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..