राकेश मिश्रा के नया एलबम ‘हेयर बैंड वाली’ वेभ म्यूजिक पर

RakeshMishra-hairbandwaliइलाकाई संगीत के नंबर वन कंपनी वेव म्यूजिक हालही में चर्चित लोक गायक राकेश मिश्रा के नया एलबम ‘हेयर बैंड वाली’ जारी कइलसि. एकर एक से बढ़के एक गाना सुनेवालन के बहुते नीक लागी. गीतकार बाड़े गोविंद विद्यार्थी आ समहूत यादव. संगीत गोविंद विद्यार्थी के बा.

एहसे पहिले वेव म्यूजिक राकेश मिश्रा के एलबम ‘ए रजऊ’, ‘अलग अंदाज़ बा’, ‘दबंग कांवरिया’, ‘दुलारी हमार मईया’, ‘दमदार फगुआ बा’, ‘फेरा में रहेली’, ‘आवे के पड़ी ए मईया’ ‘दीही लगनवा ए छठी मईया’ वगैरह रिलीज कर चुकल बिया. नयका एलबम ‘हेयर बैंड वाली’ से वेव म्यूजिक के प्रबंधक निदेशक कुमार गौतम के बहुत उम्मीद बा कि एहसे राकेश मिश्रा के लोकप्रियता अउरी बढ़ जाई.


(शशिकांत सिंह-रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..