राकेश मिश्रा के नया एलबम ‘हेयर बैंड वाली’ वेभ म्यूजिक पर

RakeshMishra-hairbandwaliइलाकाई संगीत के नंबर वन कंपनी वेव म्यूजिक हालही में चर्चित लोक गायक राकेश मिश्रा के नया एलबम ‘हेयर बैंड वाली’ जारी कइलसि. एकर एक से बढ़के एक गाना सुनेवालन के बहुते नीक लागी. गीतकार बाड़े गोविंद विद्यार्थी आ समहूत यादव. संगीत गोविंद विद्यार्थी के बा.

एहसे पहिले वेव म्यूजिक राकेश मिश्रा के एलबम ‘ए रजऊ’, ‘अलग अंदाज़ बा’, ‘दबंग कांवरिया’, ‘दुलारी हमार मईया’, ‘दमदार फगुआ बा’, ‘फेरा में रहेली’, ‘आवे के पड़ी ए मईया’ ‘दीही लगनवा ए छठी मईया’ वगैरह रिलीज कर चुकल बिया. नयका एलबम ‘हेयर बैंड वाली’ से वेव म्यूजिक के प्रबंधक निदेशक कुमार गौतम के बहुत उम्मीद बा कि एहसे राकेश मिश्रा के लोकप्रियता अउरी बढ़ जाई.


(शशिकांत सिंह-रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।