राकेश श्रीवास्तव शानदार एकरिंग खातिर सम्मानित भइलें

गोरखपुर शहर के टीवी चैनल यश टीवी पर चल रहल कार्यक्रम भोजपुरी जलवा के शानदार एंकरिंग करे खातिर लोकगायक राकेश श्रीवास्तव के पिछला दिने एगो समारोह में विशेष सम्मान से सम्मानित कइल गइल. कार्यक्रम के उद्देश्य भोजपुरी के संस्कृति आ परम्परा के बचाव आ बढ़न्ती बा.

समारोह के मुख्य अतिथि गोरखपुर के नगर विधायक डा॰राधामोहन अग्रवाल रहलें. खास मेहमान का रुप में अपर जिलाधिकारी नगर अखिलेश तिवारी रहलें. दुनु जने राकेश के भरपूर बराई कइलें आ उनका आगा बढ़त जाये के शुभकामना दिहलें.

भोजपुरी जलवा के ३१ गो एपिसोड प्रसारित कइल गइल जवना में ६४ गो प्रतिभागी शामिल भइलें. शो का फाइनल में कुमारी भावना श्रीवास्तव विजेता भइली जबकि दुसरा जगहा पर साक्षी श्रीवास्तव रहली. तीसरका स्थान सत्यप्रकाश मजनू के मिलल जबकि अच्छेलाल चौथा जगहा पर रहलें. फाइन राउण्ड के निर्णायक मण्डल में भोजपुरी गायिका श्रीमती मैनावती देवी आ डा॰ शरद मणि त्रिपाठी रहन लोग. संगीत खातिर मो॰शकील, अरमान, आ कमल श्रीवास्तव संगत दिहल लोग.

समारोह का अन्त में यश टीवी के निर्देशक मनोज कुमार श्रीवास्तव सबका के धन्यवाद दिहलें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।