राजकुमार पांडे ‘नागिन’ ले के अइहें

भोजपुरी के अव्वल निर्माता निर्देशक राजकुमार पांडे अब एगो जानदार शानदार भोजपुरी फिलिम ले आवत बाड़ें जवना के नाम बा ‘नागिन’. इंडस्ट्री के लोग मानत बा कि राजकुमार पांडे के हर फिलिम के तरह इहो सुपर डुपर हिट फिलिम होखी.

नागिन में खेसारीलाल यादव, रानी चटर्जी आ मोनालिसा का संगे नवोदित ज्योतित, मनोज टाईगर, सीमा सिंह, बृजेश त्रिपाठी, प्रकाश जैस, के.के. गोस्वामी, मंटूलाल, सी.पी. भट्ट, अनूप अरोड़ा, पुष्पा वर्मा, वंदिनी मिश्रा अउर अवधेश मिश्रा बाड़ें.

साईदीप फिल्म्स प्रस्तुत ‘नागिन’ के लेखक मनोज कुशवाहा, गीतकार प्यारे लाल यादव, विपिन बहार आ महेश परदेशी, मारधाड़ निर्देशक हीरा यादव, आ संपादक गुर्जन सिंह हउवें.


(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।