राजकुमार पाण्डेय के फिल्म में खेसारीलाल

सिनेमा भोजपुरी के नयका सुपरस्टार खेसारीलाल यादव मशहुर निर्माता-निर्देशक राजकुमार पाण्डेय के फिल्म में नजर आवे वाला बाड़न. राजकुमार पाण्डेय के होम प्रोडक्शन फिल्म ‘नागिन’ में मुख्य भूमिका में बाड़न खेसारी लाल यादव आ उनुका साथे बाड़ी स्टार अभिनेत्री रानी चटर्जी आ मोनालिसा.

राजकुमार पाण्डेय के भोजपुरी परदा के सबले सफल निर्देशक मानल जाला आ खेसारीलाल उनुका फिल्म में काम कर के बहुते खुशी महसूस करत बाड़ें. आजु काल्हु ‘नागिन’ के शूटिंग कइल जा रहल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।