राजकुमार श्रीवास्तव आ मोनालिसा एक संगे "माफिया" में

monalisa-rajkumarबंगाली बाला मोनालिसा वइसे त भोजपुरी के सगरी सुपरस्टारन संगे काम कर चुकल बाड़ी बाकि पहिला बेर ऊ निर्माता निर्देशक राजकुमार श्रीवास्तव संगे नयन मटक्का करत नजर अइहें फिलिम “माफिया” में. ई फिलिम बिहार के माहौल पर बनावल गइल बा. एहमें मोनालिसा आ राजकुमार श्रीवास्तव पर फिलिमावल रोमांटिक गाना दर्शको के रोमांटिक कर दी. एक्शननो भरपूर बा एह में. पूरा शूटिंग बिहार के मोतिहारी शहर में कइल गइल बा.

निर्माता-निर्देशक गीत लेखक राजकुमार श्रीवास्तव, संगीत जयंत एम आर्यन, छायांकन सानु सिन्हा, नृत्य महेश आचार्या, फाइट कुमार श्रेष्ठ, एडीटर हरीश चन्द्र सिंह ’गोहील’, सह निर्माता अरविंद कु. सिंह, संगीता रागी.

मुख्य कलाकार राजकुमार श्रीवास्तव, मोनालिसा, ब्रजेश त्रिपाठी, भानू प्रताप, विनोद लाल यादव, राकेश ठाकुर, रंजना देसाई, नयत खान, धमेश, पूनम दूबे वगैरह बाड़ें. .


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..