राजद अपना लोकसभा उम्मीदवारन के सूची जारी कइलसि त रामकृपाल इस्तीफा दे दिहले

बिहार में राजद अपना लोकसभा उम्मीदवारन के सूची जारी क दिहलसि. एकरा बाद लालू के सबले बड़का सिपहसालार आ राज्यसभा सांसद रामकृपाल यादव राजद से इस्तीफा दे दिहले. उनुकर मन रहे कि पाटलीपुत्र सीट से चुनाव लड़सु बाकिर लालू ओहिजा से अपना बेटी मीसा के टिकट दे दिहले.

अब कहल जात बा कि रामकृपाल भाजपा में जा सकेलें. एकरा पहिले लालू के मनमानी से नाराज लोजपा भाजपा से हाथ मिला चुकल बिया.

आजु जारी सूची में शामिल नाम बाड़ी सँ बक्सर से जगदानंद सिंह, भागलपुर से बुलो मंडल, आरा से भगवान कुशवाहा, काराकाट से कांति सिंह, गया से रामजी मांझी, खगड़िया से कृष्णा यादव, बांका से जयप्रकाश यादव, जहानाबाद से सुरेंद्र यादव, वैशाली से रघुवंश प्रसाद सिंह, पश्चिमी चंपारण से रघुनाथ झा, सिवान से शहाबुद्दीन के पत्नी हिना शहाब, महाराज गंज से प्रभुनाथ सिंह, सीतामढ़ी से सीताराम यादव, सिहोर से अनवारुल हक, मधुबनी से अब्दुल बारी सिद्दीकी, झंझारपुर से मंगनी लाल मंडल, दरभंगा से अली अशरफ फातमी, उजियारपुर से आलोक मेहता आ मुंगेर से प्रगति मेहता.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।