राजद अपना लोकसभा उम्मीदवारन के सूची जारी कइलसि त रामकृपाल इस्तीफा दे दिहले

बिहार में राजद अपना लोकसभा उम्मीदवारन के सूची जारी क दिहलसि. एकरा बाद लालू के सबले बड़का सिपहसालार आ राज्यसभा सांसद रामकृपाल यादव राजद से इस्तीफा दे दिहले. उनुकर मन रहे कि पाटलीपुत्र सीट से चुनाव लड़सु बाकिर लालू ओहिजा से अपना बेटी मीसा के टिकट दे दिहले.

अब कहल जात बा कि रामकृपाल भाजपा में जा सकेलें. एकरा पहिले लालू के मनमानी से नाराज लोजपा भाजपा से हाथ मिला चुकल बिया.

आजु जारी सूची में शामिल नाम बाड़ी सँ बक्सर से जगदानंद सिंह, भागलपुर से बुलो मंडल, आरा से भगवान कुशवाहा, काराकाट से कांति सिंह, गया से रामजी मांझी, खगड़िया से कृष्णा यादव, बांका से जयप्रकाश यादव, जहानाबाद से सुरेंद्र यादव, वैशाली से रघुवंश प्रसाद सिंह, पश्चिमी चंपारण से रघुनाथ झा, सिवान से शहाबुद्दीन के पत्नी हिना शहाब, महाराज गंज से प्रभुनाथ सिंह, सीतामढ़ी से सीताराम यादव, सिहोर से अनवारुल हक, मधुबनी से अब्दुल बारी सिद्दीकी, झंझारपुर से मंगनी लाल मंडल, दरभंगा से अली अशरफ फातमी, उजियारपुर से आलोक मेहता आ मुंगेर से प्रगति मेहता.

0 Comments

Submit a Comment