राजनीति : टीम अन्ना अनशन तूड़लसि

लोकपाल खातिर अनशन पर बइठल टीम अन्ना आजु शुक का साँझ आपन अनशन तूड़ दिहलसि. एह बीच सरकार का तरफ से बातचीत के कवनो प्रस्ताव ना मिलल रहे आ सरकार एह लोग के अपना हालत पर छोड़ दिहले रहुवे कि आदमी के भूख लागी अपने से खाई. बकरी के भूख लागी लकड़ी चबाई. अनशन तूड़त अरविंद केजरीवाल कहलन कि टीम अन्ना के प्रस्तावित राजनीतिक गोल गोल कम आन्दोलन अधिका रही. अबहीं एह प्रस्तावित गोल के रुप रेखा तय नइखे भइल. बाकिर अन्ना हजारे साफ कर दिहलन कि ऊ एह प्रस्तावित गोल में शामिल ना होखीहन आ बाहर से एहपर नजर रखीहन.

प्रणव मुखर्जी के राष्ट्रपति चुनइला का बाद लोकसभा में खाली नेता पद पर कांग्रेस गंह मंत्री सुशील कुमार शिन्दे के नेता बना दिहलसि. पिछला दिने राकांपा के शरद पवार इशारा इशारा में शिन्दे के विरोध कइले रहलें बाकिर कांग्रेस हमेशा का तरह उनुका के समुझा लेबे में सफल रहल बिया लागत बा.

कपिल सिब्बल के कहना बा कि सरकार इंटरनेट सामग्री पर नियन्त्रण करे के कवनो इरादा नइखे राखत.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।