राजस्थान रायल्स छह विकेट से हरा दिहलसि रायल चैलेंजर्स के

अबु धाबी में शनिचर का दिने भइल आईपीएल के मैच में अबले के तिसरका सबसे कम रन बने के रिकार्ड बन गइल जब राजस्थान के प्रवीण तांबे के शानदार गेंदबाजी का बदौलत रायल चैलेंजर्स के पूरा टीम पन्दरहे ओवर का खेल में महज सत्तर रन पर निपट गइल.

बाद में खेले उतरल राजस्थान रायल्स के टीम तेरह ओवर का खेल का बाद चार विकेट का नुकसान प एकहत्तर रन बना लिहलसि.

राजस्थान चार मैच खेल के दुसरका हाली जीतल बा जबकि चारे मैच में बेंगलूर के ई दुसरकी हार हवे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।