‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’ 17 फरवरी के रिलीज होई

टॉकी फ्रेमस् प्रा॰ लि॰ के प्रस्तुति, निर्माता स्वपनदीप आ निर्देशक स्वपनदीप अउर शैलेश पाण्डेय के फिल्म ‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’ 17 फरवरी के बिहार आ झारखंड में रिलीज होखे वाला बा. एह फिल्म के कहानी में एगो अमर प्रेम कहानी देखावल गइल बा. कहानी प्रवेश लाल आ शुभी शर्मा के इर्द-गिर्द घूमतिया. फिल्म का जरिये देखावल गइल बा कि एहिजा के जोड़ी भगवाने किहाँ से बनि के आवेला आ साँच प्यार के हमेशा मिलन हो के रहेला.

एह फिल्म में जूनियर निरहुआ के नाम से मशहूर प्रवेश लाल यादव के दू गो नायिका बाड़ी, शुभी शर्मा अउर मेघा घोष, आ प्रवेश लाल दुनु का साथे थिरकत नजर अइहन. फिल्म में जूनियर निरहुआ पर एक से बढ़के एक एक्शन स्टंट्स फिल्मावल गइल बा. फिल्म के सबले मजबूत पहलू एकर गीत संगीत बा. दिल के छूवे वाला गीत लिखले बाड़े प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती आ विपिन बहार. एह गीतन के संगीत से सजावे के काम संगीटकार राजेश रजनीश कइले बाड़े. संजय पाण्डेय के भूमिको बहुते खास बा एह फिल्म में आ आईटम क्वीन सीमा सिंह पर फिल्मावल दिलकश आईटम गीत के त पूछीं मत.

बिहार में एह फिल्म के वितरित करी रेणू विजय फिल्म्स.


(प्रशांत निशांत के भेजल रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।