‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’ 17 फरवरी के रिलीज होई

टॉकी फ्रेमस् प्रा॰ लि॰ के प्रस्तुति, निर्माता स्वपनदीप आ निर्देशक स्वपनदीप अउर शैलेश पाण्डेय के फिल्म ‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’ 17 फरवरी के बिहार आ झारखंड में रिलीज होखे वाला बा. एह फिल्म के कहानी में एगो अमर प्रेम कहानी देखावल गइल बा. कहानी प्रवेश लाल आ शुभी शर्मा के इर्द-गिर्द घूमतिया. फिल्म का जरिये देखावल गइल बा कि एहिजा के जोड़ी भगवाने किहाँ से बनि के आवेला आ साँच प्यार के हमेशा मिलन हो के रहेला.

एह फिल्म में जूनियर निरहुआ के नाम से मशहूर प्रवेश लाल यादव के दू गो नायिका बाड़ी, शुभी शर्मा अउर मेघा घोष, आ प्रवेश लाल दुनु का साथे थिरकत नजर अइहन. फिल्म में जूनियर निरहुआ पर एक से बढ़के एक एक्शन स्टंट्स फिल्मावल गइल बा. फिल्म के सबले मजबूत पहलू एकर गीत संगीत बा. दिल के छूवे वाला गीत लिखले बाड़े प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती आ विपिन बहार. एह गीतन के संगीत से सजावे के काम संगीटकार राजेश रजनीश कइले बाड़े. संजय पाण्डेय के भूमिको बहुते खास बा एह फिल्म में आ आईटम क्वीन सीमा सिंह पर फिल्मावल दिलकश आईटम गीत के त पूछीं मत.

बिहार में एह फिल्म के वितरित करी रेणू विजय फिल्म्स.


(प्रशांत निशांत के भेजल रपट)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..