राजा सुहेल देव के प्रतिमा तूड़ले स बदमाश

(प्रतीक फोटो)


जौनपुर, 29 मार्च (वार्ता). जातिगत हिंसा पसारे का इरादा से जौनपुर जिला के गौराबादशाहपुर इलाका में बुध का रात अनेरिया सब राजा सुहेल देव के मूर्ति तूड़ दिहले सँ.
पुलिस के कहना बा कि गौराबादशाहपुर इलाका के बिथार गांव के राजभर बस्ती में राजा सुहेल देव के एगो मूर्ति स्थापित बा. बियफे सबेरे लोग उठल त देखल कि राजा सुहेल देव राजभर के मूर्ति के तोड़फोड़ कइल गइल बा. ई देख के लोग खिसिया उठल आ प्रदर्शन करे लागल.
घटना के जानकारी मिलला पर गौराबादशाहपुर के पुलिस इंस्पेक्टर विजय बहादुर सिंह ओहिजा चहुँपलन आ गाँव वालन के समिझा बुझा के शान्त कइलन. भरोसा दिअवलन कि टूटल मूर्ति ठीक करवा दीहल जाई.
एह वारदात के करे वाला अनेरियन के पता लगावल जा रहल बा. गांवे के एगो नवही के हिरासत में लेइयो लिहले बिया पुलिस.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।