राजीव दिनकर के चाहीं पाकिस्तानी दुल्हन

भोजपुरी सिनेमा के चार्मिंग स्टार राजीव दिनकरो के जबाब नइखे. भारत से सानिया मिर्जा पाकिस्तान का गइली कि अब राजीव दिनकर के हिन्दुस्तान के पाकिस्तान के दुल्हनिया चाही. राजीव दिनकर अभिनीत एह फिल्म के नाम हवे ‘दुल्हनिया चाही पाकिस्तान से’ जवना में राजीव दिनकर, रवि किशन आ सुशील सिंह के तिकड़ी एक साथ आपन जलाव देखाई.

फिल्म के निर्माता एह फिल्म खातिर पाकिस्तान से दुल्हन ले आवे का फिराक में बाड़े. ई जाने लायक बा कि राजीव दिनकर पहिला अइसन अभिनेता बाड़े जे रवि किशन का साथ चार गो फिलिमन में काम कइले बाड़न. एकनी के नाम ह ‘बलिदान’, ‘प्राण जाए पर वचन ना जाये’, ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ आ ‘दुल्हनिया चाही पाकिस्तान से’.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।