राजीव दिनकर के चाहीं पाकिस्तानी दुल्हन

भोजपुरी सिनेमा के चार्मिंग स्टार राजीव दिनकरो के जबाब नइखे. भारत से सानिया मिर्जा पाकिस्तान का गइली कि अब राजीव दिनकर के हिन्दुस्तान के पाकिस्तान के दुल्हनिया चाही. राजीव दिनकर अभिनीत एह फिल्म के नाम हवे ‘दुल्हनिया चाही पाकिस्तान से’ जवना में राजीव दिनकर, रवि किशन आ सुशील सिंह के तिकड़ी एक साथ आपन जलाव देखाई.

फिल्म के निर्माता एह फिल्म खातिर पाकिस्तान से दुल्हन ले आवे का फिराक में बाड़े. ई जाने लायक बा कि राजीव दिनकर पहिला अइसन अभिनेता बाड़े जे रवि किशन का साथ चार गो फिलिमन में काम कइले बाड़न. एकनी के नाम ह ‘बलिदान’, ‘प्राण जाए पर वचन ना जाये’, ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ आ ‘दुल्हनिया चाही पाकिस्तान से’.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..