राजेश बिहारी सभपर भारी

RajeshBihariबॉलीवुड क सफर बहुते अनोखा होला बाकिर भोजपुरिया माटी के खुशबू दोसरा कवनो भाषा में ना भेंटाव. नीमन कलाकारन में गिनाए वाला राजेश बिहारी अनेके हिन्दी आ भोजपुरी सिरीयलन में काम कर चुकल बाड़ें. एहमें क्राईम पेट्रोल, इम्तिहान, सातोबचन निभाईब सजना, बड़की मलकाईन, उड़ान, कहाँ गए वे लोग, लहू के फूल, बुलबुल बाग, नम्बरी आदमी इत्यादि शामिल बाड़ी स. राजेश बिहारी दर्शकन का दिलोदिमाग पर अइसन छाप बना लिहले बाड़न कि निर्देशक जगदीश शर्मा के चार गो फिलिम कुरुक्षेत्र, कर्तब्य, ज्वालामंडी अउर एक बिहारी सौ पे भारी, कइला का बाद देवर भाभी बी एन तिवारी संगे, नागिन राजकुमार पांडे संगे, इज्जत, नाचा गावा मजा करा, काहे कइल हमसे घात, लागल बा प्यार के बुखार, दिल हो गईल कुर्बान, लड़ब मरते दम तक तमाम भोजपुरी फिलिमन में अपना टैलेन्ट के जादु देखवले बाड़न. दर्शकन के समर्थन से कामयाबी के शिखर ले पहुँचल राजेश बिहारी के भविष्य देखे जोग रहे वाला बा.

आगे रब क मरजी.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।