राज्यसभा उपसभापति पद ला हरि के मुकाबला हरि से

नयी दिल्ली 08 अगस्त. आखिरकार विपक्ष राज्यसभा उपसभापति पद ला आपन उमीदवार एकमत से नाहिए चुन सकल आ आखिर में कांग्रेस के एगो पुरान नेता बी के हरिप्रसाद एह पद ला आपन परचा दाखिल करा दीहलन. अब उनुके के विपक्ष के साझा उम्मीदवार बतावल जा रहल बा.
हरिप्रसाद के सीधा मुकाबला अब राजग के साझा उम्मीदवार हरिवंश से होखल तय हो गइल आ भोटिंग करावहीं के पड़ी.
पहिले विपक्ष का तरफ से राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी के वंदना चौहान के उम्मीदवार बनावल गइल रहुवे बाकिर उनुका नाम पर सहमति ना बन पवला का बाद कांग्रेस अपना नेता हरिप्रसाद के एह पद के उम्मीदवार बनावे के एलान कर दिहलसि.
हरिवंशे का तरह हरिप्रसादो राज्यसभा सांसद हउवें. कांग्रेस के महासचिव हरिप्रसाद कर्नाटक से कांग्रेस का तरफ से राज्यसभा सांसद बाड़ें.
राज्य सभा में विपक्षी संप्रग का लगे 99 गो आ राजग का लगे 92 गो भोट बा. बाकिर जे जीती ओकरा बीजद के नौ गो, अन्नाद्रमुक के 13 गो, तेलंगाना राष्ट्र समिति के छह गो, द्रमुक अउर बसपा के चार-चार गो आ बाकी छह गो अन्य सदस्यन के मुँह जोहे के पड़ी.
पीडीपी प्रवक्ता रफी अहमद मीर के कहना बा कि पीडीपी एह चुनाव में केकरो समर्थन नइखे करे जात आ चुनाव से अतगा रहे के फैसला कइले बा.
पीडीपी के एह फैसला पर नेशनल कांफ्रेंस के उमर अब्दुल्ला आपन नाराजगी जतवले बाड़न.
ओने आआपा गोल के नेता आ राज्यसभा सांसद संजय सिंह के कहना बा कि राहुल आके केजरीवाल से भोट मंगीहें तबे कांग्रेसी उमीदवार के भोट देबे पर सोचल जाई. माँगे ना अइहें त भोट देबे के सवाले नइखे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *