राज्य कुश्ती चैम्पियनशिप तीन से छह अक्टूबर ले

वाराणसी मे तीन अक्टूबर से 59वाँ पुरुष आ 16वाँ महिला सीनियर राज्य कुश्ती चैम्पियनशिप आ उत्तर प्रदेश केशरी के आयोजन कइल जात बा जवन छह अक्टूबर ले चली.
उत्तर प्रदेश कुश्ती संघ के तत्वावधान मे वाराणसी के बडागांव मे होखे जात एह चैम्पियनशिप मे लगभग आठ सौ महिला आ पुरुष पहलवान शामिल होखीहें. एह चैम्पियनशिप मे बढ़िया प्रदर्शन करेवाला पहलवानन के कोलकाता मे 14 से 17 नवम्बर ले होखेवाला सीनियर राष्ट्रीय कुश्ती चैम्पियनशिप में उत्तर प्रदेश के प्रतिनिधित्व करे के मौका मिली.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।