राज्य महिला आयोग महिला उत्पीडन मामिलन के सुनवाई कइलसि

उत्तर प्रदेश राज्य महिला आयोग के सदस्य शीला चतुर्वेदी आजु शुक का दिने गाजीपुर में महिला उत्पीडन के 46 गो मामिला के सुनवाई कर के 43 के निपटा दिहली. एह मौका पर शीला चतुर्वेदी कहली कि महिला उत्पीडन के अनेके घटना का बारे में लोकलाज का चलते मेहरारू लोग शिकायत ना कर पावे. कुछे औरत न्याय ला गुहार लगावेली बाकिर ओह लोग के न्याय पावे में बरीसन लाग जाला.

अब राज्य महिला आयोग के फैसला का मुताबिक जिला में जा जा के महिला उत्पीडन के मामिला के सुनवाई कइल जात बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।