राज ठाकरे के जवाब में मराठी फिल्म के शूटिंग शुरू कइलन रवि किशन

भोजपुरी के सदाबहार अभिनेता रवि किशन पिछला अतवार का दिने अपना मराठी फिल्म “मध्यवर्ग” के शूटिंग मुंबई के एसजे स्टुडियो में शुरू कइलन. कहेवाला एकरा के राज ठाकरे के बिहार विरोधी बयान के मुँहतोड़ जवाब कहत बाड़ें बाकिर रवि किशन के कहना बा कि एह बात के राज ठाकरे के बयान पर पलटवार बतावल गलत होखी काहे कि कवनो कलाकार जाति धर्म भा प्रान्त के भेद ना माने.

मराठी फिल्म “मध्यवर्ग” में रविकिशन नायक बनल बाड़ें आ ई पहिला मौका बा जब कवनो भोजपुरी अभिनेता मराठी फिलिम के नायक बनल बा. फिल्म के निर्देशक हैरी फर्नांडीज कहलन कि रवि किशन फर्राटा से मराठी बोलेलें आ उनकर टोन एकदम मराठीए मानुष जस लागेला. दोसरे एह किरदार लायक सबले फिट रवि किशन रहलन एहसे ऊ रविकिशन से संपर्क कइलन त रवि किशन तुरते तइयार हो गइलन कि नेतवन के आपन काम करे दिहल जाव आ हमनी का आपन काम करत रहीं जा.

रविकिशन बतवलन कि फिलिम त ऊ बहुत पहिलही साइन कइले रहलन बाकिर अपना व्यस्तता का चलते सितम्बर के तारीख दिहले रहलन जब अब अपना पहिले से तय तारीखे पर शुरू भइल बा. कहलन कि यूपी बिहार के लोग के मराठीओ भाषा से लगाव बा. दोसरे ऊ खुद मुंबई में अपना गृहप्रांत उत्तर प्रदेश से अधिका रहल बाड़ें.


(स्रोत – उदय भगत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।