रानी के तिकड़ी

RaniChatterjeeसिनेमा भोजपुरी के रानी रानी चटर्जी एह साल 2013 में बॉक्स ऑफिस पर हिट फिलिमन के तिकड़ी बना लिहले बाड़ी. उनकर तीन गो लगातार फिलिन हिट भइल बाड़ी सँ. पहिलका फिलिम रहुवे रविकिशन संगे ‘साली बड़ी सतावेली’, दुसरकी फिलिम रहल ‘शेरनी’ जवन बिहार में लगातार चार हफ्ता चलल आ दोसर बड़की आ स्टार वाली फिलिमो से बढ़िया कारोबार कइलसि, आ तिसरकी रहल ‘प्रेम दीवानी’. एह फिलिम में रानी निगेटिव किरदार में लउकली आ तबहियो दर्शकन से खूब सराहल गइली,

अपना सफलता के एह तिकड़ी से रानी खूब खुश बाड़ी, उनकर हालिया रिलीज ‘दम’ फिलिमो बढ़िया ओपनिंग से शूरू भइल बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..