रानी चटर्जी के आयटम डांस

हिन्दी के मशहूर अभिनेत्री जब आयटम डांस करे लगली त भोजपुरी वाली काहे ना करीहें. डा॰ सुनील कुमार के फिल्म “घायल योद्धा” में भोजपुरी सिनेमा के स्टार अदाकारा रानी चटर्जी एगो आयटम डांस कइले बाड़ी. एह आयटम डांस वाला गाना के बोल हवे “चालू करऽ जेनरेटर एकर देखल जाव थियेटर”.
“घायल योद्धा” एगो औरत के बदला के कहानी ह जवना में ऊ औरत अपना पर भइल हर अत्याचार के गिन गिन के बदला लेत बिया. बाली के निर्देशन में बनल एह फिल्म के अनिल कुमार प्रस्तुत करत बाड़े. संगीत हवे मधुकर आनन्द के आ गीत लिखले बाड़े श्याम देहाती आ प्यारेलाल यादव. फिल्म में एगो नया अभिनेता पेश कइल जा रहल बाड़े बाबूशान.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।