रानी चटर्जी ससुरारी चलली’

Rani Chatterjeeसिनेमा भोजपुरी के चर्चित अदाकारा रानी चटर्जी शादी रचाके ससुरारी चल गइल बाड़ी आ अब अपना साजन का घर, माने कि ससुराल, में अपना साजन का साथ रहत बाड़ी आ अपना ससुराल के पूरा ख्याल राखत बाड़ी.

रूकी. कुछ अइसन वइसन सोचल गलत होई काहें कि सगरी मामिला फिल्मी बा. रानी चटर्जी के नईकी फिल्म के नामे ह ‘‘रानी चली ससुराल’’. आदिशक्ति इंटरटेन्मेंट आ मुंबाजी आर्टस के बैनर तले बनत निर्माता महेश पाण्डेय के फिल्म ‘‘रानी चली ससुराल’’ के पूरा शूटिंग पिछला दिने राजपिपला में करावल गइल. लेखक-निर्माता महेश पाण्डे के एह पारिवारिक फिल्म में रानी चटर्जी गाँव के सीधवा-सोझ लड़की बनल बाड़ी. रानी के अपजिट बाड़न नया नया आइल मनमोहन तिवारी. निर्देशन करत बाड़े मुकेश पाण्डेय.

फिल्म में रानी चटर्जी, संजय पाण्डेय, मनोज टाईगर, विकास सिंह, किट्टू, मनोज वर्मा, प्रिया पाण्डेय, जय सिंह, ललन सिंह अउर नवोदित मनमोहन तिवारी के खास भूमिका बा. गीतकार विनय बिहारी अउर अमिताभ नंदा, संगीतकार सुरेश आनंद, नृत्य-निर्देशक बाली, संवादलेखक माधव निराला, छायाकार मिहिर, संपादक चिराग जैन, एक्शन मास्टर सिंह इज किंग हउवे.

एकर पोस्ट प्रोडक्शन आजु काल्हु मुंबई में जोर-शोर से चलत बावे.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..