रानी लीहें रवि से बदला

सिनेमा भोजपुरी के रानी अदाकारा माने कि रानी चटर्जी, भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन से जल्दिये बदला लीहें. रउरा सोचत होखब कि आखिर का कर दिहलन रविकिशन कि रानि ओकर बदला लेबे पर उतारू हो गइली. त जान लीं कि रवि किशन रानी के “देवरा बड़ा सतावेला” आ फेर “पियवा बड़ा सतावेला” में सतवले रहले. अब ओकरे बदला निकलीहें रानी चटर्जी रविकिशन के साली बन के फिल्म “साली बड़ी सतावेली” में.

आशिक आरिफ मूवी के बैनर के तले निर्माता आशिक मोहम्मद आ आरिफ हुसैन के दिलावेज़ खान निर्देशित एह फिल्म में रवि किशन जीजा आ रानी चटर्जी साली के भूमिका बाड़ी. रिंकू घोष रविकिशन के पत्नी बनल बाड़ी. चुलबुली रानी अपना एह किरदार से बहुते उत्साहित बाड़ी आ कहत बाड़ी कि रवि किशन का साथ परदा पर उनकर केमिस्ट्री हमेशा से बढ़िया रहल बा. पियवा आ देवरा में रवि किशन उनुका के खूब सतवले रहले आ अब उनुकर बारी बा रवि के सतावे के.

एह फिल्म में रवि रिंकू रानी का अलावे फिरदौस खान, नौसाद खान, साहिल सन्नी, निरुपमा श्री, पुष्पा वर्मा, प्रिया पाण्डे मुख्य भूमिका में बावे लोग. राजेश गुप्ता के संगीत आ फणीन्द्र राव के तेरह गो गीतन से सजल एह फिल्म के गाना कैलास खेर, उदित नारायण, इंदु सोनाली, खुशबू जैन, मोहन राठौड, ममता राउत आ मनोज मिश्रा गवले बाड़न. कहानी लिखल ह आर. रंजन के आ पटकथा अउर संवाद साहिल सन्नी के.

फिल्म के शूटिंग अगिला महीना से शुरू होई.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..