राबड़ी आवास के सुरक्षा पहिले जस कइलन नीतीश कुमार


पटना 12 अप्रैल (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आदेश जारी कइलन कि मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी आ जेल में बन्द चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद यादव के आवास के सुरक्षा पहिले जस क दीहल जाव.
कर्नाटक में जनता दल यूनाइटेड (जदयू) के कार्यक्रम में शामिल भइला का बाद पटना लवटल मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जब जानकारी दीहल गइल कि राबड़ी देवी अपना सुरक्षा व्यवस्था में कटौती भइला पर नाराजगी जाहिर करत चिट्ठी उनुका के लिखले बाड़ी त मुख्यमंत्री तुरते ई आदेश जारी क दिहलन.
साथ ही एह बाति पर नाराजगी जतावत अधिकारियों से रिपोर्टो मंगले बाड़न. ऊ गृह विभाग से पूछले बाड़न कि कब, काहें आ कवना स्तर पर एह दू गो मुख्यमंत्री रहल लोग के भर जिनिगी ला दीहल गइल सरकारी आवास के सुरक्षा व्यवस्था में बदलाव कइल गइल.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।