राबड़ी देवी के कहना कि राजद, कांग्रेस आ लोजपा मिल के लड़ें त क्लीन स्वीप

पटना 22 अक्टूबर (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी के कहना बा कि अगर बिहार में राजद, कांग्रेस आ लोजपा मिल के लड़ें त बाकी सगरी पार्टियन के सफाया हो जाई.

लोजपा अध्यक्ष रामविलास पासवान से मुलाकात का बाद राबड़ी देवी पत्रकारन से कहली कि नीतीश कुमार आडवाणी के मुखौटा हउवें आ जदयू आ भाजपा एक दोसरा से मिलल बाड़ी स आ जनता के भरमावे ला अलगा होखे के दिखावा करत बाड़ी स.

कहली कि राजद के लड़ाई बिहार मे साम्प्रदायिक भाजपा आ जदयू से बा. आ धर्मनिरपेक्ष पार्टियन के एकजुट हो जाए के चाहीं. राबड़ी देवी बतवली कि अबही कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी से गठबन्हन का बारे में कवनो बातचीत नइखे भइल. कहली कि छठ पर्व का बाद ऊ खुद जनता का बीचे जा के चारा घोटाले मे लालू प्रसाद यादव के फँसावे के साजिश में शामिल लोगन के बेनकाब करीहें.

राबड़ी देवी से मुलाकात का बाद रामविलास पासवान कहलन कि लोजपो चाहत बिया कि सेकूलर पार्टी सभ एकजुट होके चुनाव लडंसु. एह ला ऊ सोनिया गाँधी से मुलाकात क के उनको से कहले बाड़न कि कांग्रेस लोजपा आ राजद के मिलके चुनाव लड़े के चाहीं. बतवलन कि राजद आ लोजपा के गठबन्हन टूटी ना. पिछला बेर दुनु दल के कार्यकर्तन का बीच तालमेल ना हो सकला का चलते हारे के पड़ल रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।