रामलीला मे हाथी के आइल राजशाही के प्रदर्शन ना ह

काशी नरेश महाराज अनन्त नारायण सिंह हाल में उपजल रामनगर के एतिहासिक रामलीला मे हाथी विवाद से दुखी होके कहलन कि रामलीला मे हाथी से आइल राजशाही के प्रदर्शन भा दुर्घटना नेवते वाला बात ना होला.

कहलन कि ई त काशी के धरोहर रामनगर रामलीला के आपन आभा ह. कहलन कि भारतीय गणराज्य मे विलय का बाद एह लीला के काशी राजघराना एही ला अपना लगे रखलसि कि ई धरोहर संरक्षित रहे आ एही से सरकारीकरण के तमाम दुष्प्रभाव से बचल रहल ई रामलीला. कहलन कि हाथी के सवारी रामलीला के लोकपरम्परे के एगो अंग ह जवन बरिसन से चलल आवत बा आ रामलीला खातिर हाथी किराया पर मंगावल जाला.
.
एह विवाद पर आपन सफाई देत महंत शिवशंकर मिश्र कहत बाड़ें कि ऊ कवनो आरोप लगवलही नइखन. रामलीला आ ओकरा परम्परा में आपन पूरा श्रद्धा जतवले महंत.

जान जाईं कि आत्मा विश्वेश्वर मंदिर के महंत शिवशंकर मिश्र एगो चिट्ठी भेज के रामनगर के रामलीला मे हाथियन संगे होखत अमानवीय व्यवहार के शिकायत वाराणसी के आयुक्त से कइले रहलें.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।