रामाकांत प्रसाद के बारूद

भोजपुरिया परदा पर लागल रहऽ ए राजा जी, दीवाना, दाग जइसन ब्लॉकबस्टर फिलिम आ एह साल में दू गो सुपरहिट फिलिम दिलजले आ लड़ाई लऽ अंखियाँ ए लौंडे राजा दे चुकल निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद अब लेके आवत बाड़े रोमांटिक एक्शन फिल्म बारूद. फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन काम अ‍पना आखिरी चरण में बा.

आदिशक्ति इंटरटेन्मेंट आ सीता आर्टस प्रस्तुति कुमारी माई मूवीज के बैनर में बनल एह फिल्म में भोजपुरी एक्शन स्टार विराज भट्ट, हॉट गर्ल मोनालिसा, प्रिया शर्मा, मनीष चतुर्वेदी, नीरज राज पौडेल, अयाज खान, विपीन सिंह, देव सिंह, बंदिनी मिश्रा, नन्हे पाण्डे, हीरा लाल यादव, छोटू दादा, गोलू, वंदिनी मिश्रा आ दीपक भाटिया के प्रमुख भूमिका बा. सीमा सिंह आ प्रणाली का उपर दिलकश आईटमो गीत फिल्मावल गइल बा. गीत लिखले बाड़े अशोक कु. दीप आ प्यारेलाल यादव. संगीतो अशोक कु. दीप के दिहल बा, फिल्म के छायांकन देवेन्द्र तिवारी, वेल मुरगन, एक्शन हीरालाल यादव, नृत्य कानू मुखर्जी, संजय आ लेखक मनोज के कुशवाहा हउवे, एहमें विराज भट्ट के खतरनाक आ शानदार एक्शन देखे के मिली.
फिल्म बिहार में अगस्त में रिलीज कइल जाई.


(स्रोत – प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..