रामाकांत प्रसाद फेरु करिश्मा कर देखवले

भोजपुरी परदा पर ‘लागल रह ए राजा जी’, ‘दीवाना’, ‘दाग’, ‘दिलजले’, ‘लड़ाईल अंखिया…’ अउर ‘बारूद’ जइसन सुपरहिट फिलिम दे चुकल निदेशक रामाकांत प्रसाद के करिश्मा भोजपुरी परदा पर फेरु चलत बा. उनुकर नईकी फिलिम “खून पसीना” आजु काल्हु पूरा बिहार आ मुंबई के कुल मिला के नाहियो त एक सौ थियेटरन पर डंका बजावत बिया. अब त हाल ई हो गइल बा कि निर्देशक में रामाकांत प्रसाद के नाम देखते लोग ओह फिलिम के सफलता खातिर निश्चिंत हो जात बा.

फिल्म “खून पसीना” मे निरहुआ, पवन सिंह, पाखी हेगड़े, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, अनिल यादव आ राकेश पुजारा के प्रमुख भूमिका बा. एह फिल्म के सफलता से उत्साहित रामाकांत प्रसाद के कहना बा कि एह फिल्म के सफलता का पीछे निरहुआ जी, पवन सिंह आ फिल्म के निर्माता बाला भाई के सहयोग बावे.

रामाकांत प्रसाद एह घरी अपना एगो दोसर फिलिम ‘जान तेरे नाम’ में व्यस्त बाड़े जवना के नायक बाड़न उगत सितारा खेसारी लाल यादव.


(प्रशांत निशांत के भेजल रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।