‘राम बनइलन जोड़ी’’ बनके तइयार भइल

RamBanailanJodiन्यू इंटरटेनमेंट के बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम ‘राम बनइलन जोड़ी’ अब बनके तइयार बा. एकर पूरा शूटिंग बिहार के मुजफ्फरपुर आ वैशाली जिला में भइल बा. गाना बहुते बढ़िया बाड़ी सँ. तीन गो आइटम सांग बा. फिलिम जल्दिए रिलीज होखी.

एह फिलिम का माध्यम से छपरा जिला के नवोदित अभिनेता नील सिंह के फिलिम इंडस्ट्री में लांच कइल गइल बा. फिलिम दू भाईयन के कहानी ह जे बड़हन बने के सपना देखत बाड़ें. ओह सपना के पुरावे ला कवन कवन परेशानी झेले पड़त बा, का का पापड़ बेले पड़त बा उहे सब देखावल गइल बा,

निर्माता प्रशांत, निर्देशक के. सुजीत, गीत बुलेट ब्रह्मचारी, संगीत श्री मुकेश, नृत्य नवीन सिंह, आर्यन राज, छायांकन पंकज राय, मनोज यादव, आ सह निर्माता पी. लक्ष्मीना. मुख्य कलाकारन में नील सिंह, अमित आर्या, टूवा खान, प्रियंका सिंह, तनु श्री, तनीषा, अंशिका, सतीश साहनी, रूपा सिंह वगैरह शामिल.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।