रावण का सोझा संजय पांडे

परम ज्ञानी रावण का सोझा भोजपुरी फिलिमन के खलनायक संजय पांडे के का औकात ! बाकिर पिछला दिने संजय पांडे अपना फिल्म ‘पागल प्रेमी’ खातिर छत्तीसगढ़ में रावण के विशाल पुतला का सोझा एगो अइसन खतरनाक स्टंट कइले जवना के देख के लोग दांते अंगूरी काटे लागल. ई स्टंट संजय पाण्डेय एगो 30 फुट ऊंच बनावल रावण के पुतला का सोझा कइलन.

संजय पांडे कहलन कि जब शूटिंग बीच ऊ ओह विशालकाय रावण के पुतला देखलन त चिहुँक गइले. गाँव के लोग बतावल कि ई मूर्ति बहुते पुरान ह. अब ई मूर्ति पागल प्रेमी में नजर आवे वाली बा. फिल्म के निर्माता नवीन कुमार सिंह, निर्देशक अजय कुमार, बैनर सविता श्री प्रोडक्शन, गीतकार राजेश मिश्रा, फनीन्द्र राव आ कृष्णा बेदर्दी, संगीतकार राजेश गुप्ता, एक्शन डायरेक्टर दिलीप यादव आ डांस डायरेक्टर एन्थोनी हउवे.

एहमें भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनन्द आ संगीता तिवारी के हॉट जोड़ी का अलावे अजीत आनन्द, श्री कनकनी, अनूप अरोरा, जय प्रकाश सिंह, राजेश अवस्थी, सुनीता सिंह, परितोष त्रिपाठी, सुमन कुमारी, अमित सिंह, पुष्पांजलि अउर नम्बर वन खलनायक संजय पाण्डेय आपन जलवा देखइहें. कहानी खुद अजय कुमार के लिखल ह.


(शशिकांत सिंह आ रंजन सिंहा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..