राष्ट्रपति कोविंद आजु वाराणसी आएब आ 3,473 करोड़ के विकास योजनन के सौगात देब

वाराणसी, 26 मार्च (वार्ता). राष्ट्रपति राम नाथ कोविंद आजु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के संसदीय क्षेत्र वाराणसी में 170 किलोमीटर लमहर आ 3,473 करोड़ रुपिया का खरचा पर बने वाली सड़क परियोजनन के शिलान्यास करेब. एह परियोजनन के पूरा भइला से वाराणसी आ पूर्वांचल के अउरी जिलन से ले के मध्य प्रदेश के सीवान ले आवाजाही आसान हो जाई.
बतावल जात बा कि राष्ट्रीय राजमार्ग संख्या-सात पर वाराणसी-हनुमाना (मध्य प्रदेश के सीवान ले) खंड पर 125.165 किलोमीटर लमहर सड़क के चार लेनी बनावल, अउर 44.25 किलोमीटर लमहर वाराणसी रिंग रोड फेज-दू के निर्माण कार्य के शिलान्यास होखी आजु. वाराणसी-हनुमाना सड़क खंड पर 2,118 करोड़ रुपिया के आ रिंग रोड परियोजना पर 1,355 करोड़ रुपिया के लागत आई.
एकरा अलावे राष्ट्रपति कोविंद बड़ा लालपुर के पंडित दीनदयाल हस्तकला संकुल में आयोजित शिलान्यास, कौशल विकास के तहत प्रशिक्षित चुनिंदा नवहियन के नियुक्ति प्रमाण प्रदान. आ उत्तर प्रदेश के राज्यपाल राम नाईक के मराठी, हिंदी समेत कई भाषावन प्रकाशित किताब “चरैवेति!चरैवेति!!” के संस्कृत भाषा वाला संस्करण के विमोचन करब.
पिछला साल 25 जुलाई के राष्ट्रपति बनला का बाद से उत्तर प्रदेश के धार्मिक आ सांस्कृतिक नगरी वाराणसी के ई राष्ट्रपति कोविंद के पहिलका दौरा होखी. सगरी कार्यक्रम निपयवला का बाद राष्ट्रपति कोविंद साँझ साढ़े सात बजे विशेष विमान से नई दिल्ली ला रवाना हो जाएब.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।