राष्ट्र प्रेम के एगो गीत

मान  बढ़ाईं  जा माटी के   

रामरक्षा मिश्र विमलRRM-Vimal

दुअरा अंगना कहिया छिटकी मधुर किरिनिया भोर के

कहिया  पन्ना  पलटल जाई  भारत माँ के  लोर के ?

 

तमिल तेलगू बङला हिन्दी सब  ह  भारत  के  भाषा

अपना जगह  सभे  कंचन बा  एको  ना  बाटे  काँसा

हिन्दू  मुस्लिम  सिक्ख  ईसाई  भारत  सबके जोर के ।

 

दाँतकटउवल रोटी  में  कइसे  ई  जहर  घोराइ गइल

धरम नाम पर मार काट बुधिया बा कहाँ बिलाइ गइल

आग लगावल  के  ई  सगरो  बूतल अहड़ा  खोर के ?

 

तूरल फारल मारल काटल  कब ले  बन्न  कइल जाई

जाति धरम पर अलगा बिलिगी कहवाँ ले होखल जाई

महल बनेला  खाँड़ा  सोगहग  ईंटा  ईंटा  जोरि  के ।

 

आईं  हमनीं सभ बइठीं  सुख दुख आपन बतियाईं जा

घरफोरवा बा  के  हमनी के  ओकर पता  लगाईं जा

मान  बढ़ाईं  जा माटी के  भेद भाव  सभ  छोड़ि के ।

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।