राहुल त वायनाड गइलन

राहुल के फोटो कांग्रेस के आधिकारिक वेबसाइट https://www.inc.in/ पर से लीहल गइल बा.

जे डेरा गइल से त मर गइल कहेवाला राहुल गाँधी अमेठी का ओर मुहों ना करीहन. आजु ऊ एह बात के पक्का करत केरल के वायनाड से आपन परचा दाखिल कर दीहलन. उनुकर हिम्मत बढ़ावत एह मौका पर प्रियंका गाँधी वाड्रो मौजूद रहली.

रेघरियावे जोग इहो बा कि एह लोकसभा क्षेत्र में मुसलमान वोटर बहुते बाड़न आ एही के सहारे पिछला बेर एहिजा से राहुल गाँधी के चार लाख से अधिका वोट से जीत मिलल रहुवे जबकि यूपी के अपना खानदानी सीट पर ऊ हार गइल रहलन.

हालांकि अबकी बेर हालात दोसर बा. एह बेर भाकपा नेता एनी राजा आ भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष के सुरेन्दर उनुका के हरावे खातिर डाँड़ बान्ह के खड़ा बाड़ें. कंग्रेस अबहीं ले अमेठी आ रायबरेली से अपना उमीदवारन के एलान नइखे कइले बाकिर लागत नइखे कि सभका के सरप्राइज देत आखिरी समय में राहुल गाँधी ओहिजो से ताल ठोक देसु.

परचा दाखिल करे से पहिले राहुल गांधी रोडो शो कइलन जवना के देखे ला लाखों लोग कतार बन्हले खाड़ रहुवे. राहुल सभका के भरोसा दिहलें कि ऊ वायनाड के मुद्दन के देश-दुनिया का सोझा ले अइहें. आ अगर जे कहीं केंद्र आ केरल में कांग्रेस के सरकार बन गइल त राज्य के सगरी समस्या मेटा दीहें.

अब लोग पर बा कि कतना भरोसा करत बाड़ें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।