राहुल नइखन चाहत कि मधुमक्खियन के एह छत्ता के छेड़ल जाव

कवनो विपक्षी नेता का तरह भाषण देत कांग्रेस के उपाध्यक्ष, सोनिया गाँधी के बेटा, आ सांसद राहुल गाँधी काल्हु सीआईआई का सभा में कहलन कि एह देश के समस्या के समाधान कवनो एक आदमी ना कर सके. अगर रउरा मनमोहन सिंह से उमेद राखत बानी त रखले रहीं कुछ होखे हवाखे के नइखे. कहलन कि अइसन नइखे कि घोड़ा चढ़ल कवनो नेता आई आ देश के समस्या के समाधान कर जाई. राहुल गाँधी कहलन कि भारत के तुलना हाथी से ना कर के मधुमक्खियन के छत्ता से करे के चाहीं. शायद उनकर मतलब एहसे रहल कि मधुमक्खियन के छत्ता में एगो रानी मधुमक्खी रहेले आ बाकी सब मजदूर मधुमक्खी. मजदूर मक्खी रात दिन खटत रहेली सँ आ रानी मधुमक्खी आराम से ओहनी के खटावत रहेली. भा शायद एही चलते राहुल बार बार एह बात से बगलिया जालें कि देश के अगिला प्रधानमंत्री हउवें ऊ. शायद ऊ नइखन चाहत कि मधुमक्खियन के एह छत्ता के छेड़ल जाव. के आपन देह भँभोरियवाई?

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।