रिंकू के कवनो जोड़ नइखे भोजपुरी सिनेमा में

भोजपुरी के मौजूदा दौर के नायिका लोगन में सिर्फ आ सिर्फ रिंकूए घोष बाड़ी जे हिन्दी फिल्म कइली, दू दू गो धारावाहिक कइली आ जब भोजपुरी सिनेमा में अइली त बेजोड़ बन गइली. उनुका के टक्कर देबे वाला दोसर कवनो नायिका नइखे लउकत. भोजपुरी फिल्म “बिदाई” में उनुकर भूमिका यादगार बन गइल बा. आज हर नायक के पसन्दीदा नायिका बन चुकल रिंकू घोष हालही में रविकिशन का साथे “केहू हमसे जीत ना पाई” के शूटिंग पूरा कइली ह. फिल्म “आखिरी रास्ता” में उनुकर निरहुआ का साथे बनल जोड़ी लोग के बहुत पसन्द आइल बा. रिंकू घोष के सेक्सी लुक आ चुलबुलापन लोग के दिल जीत लिहलसि एह फिल्म से. रिंकू घोष मनोज तिवारी, रवि किशन, दिनेश लाल यादव निरहुआ, पवन सिंह, विनय आनन्द सबका साथे सबले बेसी सफल फिल्म दिहले बाड़ी. साँचहू भोजपुरी सिनेमा में रिंकू के जोड़ नइखे.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।