रिंकू घोष अनुभव कइली चमत्कार के

JaiMaa-posterपिछला दिने ‘जय मां मइहर वाली’ फिलिम के शूटिंग खातिर अभिनेत्री रिंकू घोष जब मध्य प्रदेश के सतना में मइहर माई मंदिर चहुँपली त उनुका ओहिजा अनेके चमत्कार अनुभव कइली, सबसे पहिले त सिर्फ दस दिन चले वाला शूटिंग पूरा चौदह दिन चलल आ केहु के अहसास ना भइल कि शूटिंग कब पूरा हो गइल. रिंकू घोष बतावत बाड़ी कि जब मंदिर का सोझा खड़ा भइली त उनुका तनिको ठंडा ना बुझाइल जबकि बाकी लोग के ठंड लागत रहुवे. फेर रिंकू अचानके देवी क सोझा रोवे लगली आ उनुका लागल कि देवी उनुका के देख मुसुकात बाड़ी, जब मंदिर के सीढ़ी उतरे लगली त ओहिजा मौजूद लोग रिंकू के गोड़ छू के प्रणाम करे लागल.

दरअसल रिंकू घोष आल्हा तालाब में नहाके मंदिर पहुंचल रही जवना चलते लोग बझल कि उनुकर कवनो मन्नत पूरा हो गइल बा आ एहसे ऊ सीढ़ी धोवत उतरत बाड़ी.

रिंकू बतावत बाड़ी कि ‘जय मां मइहर वाली’ के शूटिंग का दौरान उनुका अनेके चमत्कारिक अनुभव भइल.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।