रिंकू घोष कइली प्रवेश लाल के किस

Pravesh planting a  kiss on Rinku Ghoshभोजपुरी सिनेमा के नवेला स्टार प्रवेशलाल यादव जूनियर निरहुआ आ स्टार अदाकार रिंकू घोष के किसिंग सीन के चरचा जोर पर बा, तू ही मोर बालमा के एगो लव सीन का दौरान ई हॉट आ हिट किसिंग सीन फिल्मावल गइल बा. एकरा के देख के दर्शको उत्तेजित हो जइहें. निर्देशक असलम शेख एह दुनु कलाकारन के बीच के भरपूर रोमांस देखवले बाड़न एह फिल्म में आ इहे एकर यूएसपी बा.

प्रवेश के कहनाम बा कि कहानी आम गाँव में घटित होखे वाली घटना पर आधारित बा जवना में रिंकू अपना बहिन के ससुराल आवत बाड़ि जहाँ प्रवेश से उनकर भेंट होत बा आ फेर शुरु हो जात बा प्यार के सिलसिला. किसिंग सीन का बारे में प्रवेश के कहना रहे कि रिंकू बहुते सपोर्टिव अदाकारा हई. आ ऊ अतना सहजता से सीन करऽवली कि परदा पर परफेक्ट रोमांस लउकी.

प्रवेशलाल के एगो फिल्म आज के करन अर्जुन हाल ही में रिलीज भइल बा जवन कि बाक्स आफिस पर धमाल मचवले बा. प्रवेश के आवे वाली फिल्म बाड़ी स, दिल, आ दुश्मनी.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।