रिंकू घोष के फिलिम ‘साली बड़ी सतावेले’ जल्दिए आई

Rinku-SaaliBadiSataveliसिनेमा भोजपुरी के परदा पर ड्रीम गर्ल रिंकू घोष के हंगामा पहिलहीं से जारी बा. अब इनकर चर्चित फिलिम ‘साली बड़ी सतावेले’ जल्दिए रिलीज होखेवाली बा. नायक बाड़ें सुपर स्टार रवि किशन. अपना एह फिलिम से रिंकू गजबे उछाह में बाड़ी. उनुका पूरा भरोसा बा कि इहो फिलिम दर्शकन के नीक लागी.

जान लीं कि आजु ले रविकिशन आ रिंकू के जोड़ी वाली हर फिलिम सफल रहल बाड़ी सँ. आ ‘बिदाई’, ‘सुहागन बना द सजना हमार’, ‘बलिदान’ आ ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ क बाद अब ई जोड़ी फेरू एकबेर हंगामा बरपावे वाली बा अपना फिलिम ‘साली बड़ी सतावेले’ से. एह फिलिम में रानी चटर्जी साली बनल बाड़ी.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।