रिंकू घोष खोजऽतारी ‘मेरी सिस्टर का दुल्हा’

सिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष के मन में कब का आ जाव केहू ना जाने. अब रिंकू घोष चाहत बाड़ी कि भोजपुरी में एगो फिलिम बने जवना के नाम होखे ‘मेरी सिस्टर का दुल्हा’. जब उनुका से पुछल गइल कि ई कइसे हो सकेला त ऊ हँसत कहली कि जब ‘मेरे ब्रदर की दुल्हन’ हो सकेले त फेर ‘मेरी सिस्टर का दुल्हा’ काहे ना?

वइसे इहो जान लीं कि एह घरी रिंकू घोष गिटार बजावल सीखे में लागल बाड़ी. का कवनो फिलिम में रिंकू घोष ‘पॉप स्टार’ बने वाली बाड़ी का. अग५ अइसन भइल त ऊ पहिलका भोजपुरी नायिका होखीहें जे कवनो फिलिम में इलेक्ट्रानिक गिटार बजावत पॉप स्टार बनल नजर अइहें. गिटार सीखे के वजह कहीं ई त ना कि ऊ कैटरीना कैफ के ‘मेरे ब्रदर की दुल्हन’ जइसन कवनो किरदार करे वाली बाड़ी.

रिंकू घोष अपना दौर के सगरी भोजपुरी नायिकन से बहुते आगा निकल गइल बाड़ी. फिल्म फेयर में रिंकू घोष पर तारीफ करत फीचर छपल. बांबे टाईम्सो में रिंकू पर फीचर निकलल. टीवी 9 खातिर रिंकू घोष के इंटरव्यू जानल मानल नायिका वर्षा उषागांवकर कइली. हर साल अपना भूमिका ला अवार्ड जीतते रहेली. सगरी बड़का सितारन संगे फिलिमो करत बाड़ी.

रिंकू घोष के बहुते मेहनती एक्ट्रेस मानल जाला जे अपना किरदार ला जान लगा देली.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।