रिंकू घोष त छा गइली


भोजपुरिया अभिनेत्रियन में रिंकू घोष अकेली अभिनेत्री हई जे हिन्दीओ फिल्मन में काम कइले बाड़ी. साथ ही साथ टीवी चैनलो पर उनकर लाजवाब लोकप्रियता बा. भोजपुरिया अभिनेत्रियन में बेजोड़ हो गइल बाड़ी रिंकू घोष. दुर्गेश नन्दिनी का किरदार में टीवी स्क्रीन पर ऊ आपन जलवा देखा चुकल बाड़ी. कलर्स चैनल पर देखावल “मोहे रंग दे” में ऊ बहुते बढ़िया काम कइले बाड़ौ. भोजपुरी सिनेमा के त ऊ नया क्रेज बन गइल बाड़ी. सिनेमा के पोस्टर पर उनकर नामे देख के सगरी परिवार सिनेमा हाल में जुटे लागेला. हाल फिलहाल रिलीज फिल्म “आखिरी रास्ता” के मिलल सफलता से रिंकूओ घोष खुश बाड़ी काहे कि फिल्म में उनकर आ निरहुआ के जोड़ी के दर्शकन के बेपनाह मुहब्बत मिलल बा. पूछला पर कि अपने के मुकाबिला केकरा से बा ? रिंकू के बेलाग जवाब रहेला, केहू से ना. हमार मुकाबिला हमरे से बा !
(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..