रिंकू घोष पॉप स्टार बने खातिर सीखत बाड़ी गिटार

भोजपुरी अदाकारा रिंकू घोष एह घरी गिटार बजावल सीखत बाड़ी. मानल जाव का कि रिंकू घोष जल्दिए कवनो फिलिम में पॉप स्टार बनल नजर अइहें. अघर अइसन भइल त ऊ पहिला भोजपुरी नायिका होखीहें जे इलेक्ट्रानिक गिटार बजावत पॉप स्टार के भूमिका करीहें. गिटार सीखे के कारण कहीं ई त नइखे कि ऊ कैटरीना कैफ के तरह ‘मेरे ब्रदर की दुल्हन’ जइसन कवनो भोजपुरी फिल्म करे वाली बाड़ी. एहमें कवनो शक नइखे कि रिंकू घोष अपना बरोबरी वाली भोजपुरी हीरोइनन से बहुते आगे निकल आइल बाड़ी.

गिटार सीखे का मुद्दा पर रिंकू घोष अबहीं कुछ बतावल नइखी चाहत.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..