रिंकू घोष बनीहें इच्छाधारी नागिन

सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष अब नागिन के भूमिका निभावे जात बाड़ी. आ उहो नागिन अइसन कि इच्छाधारी नागिन. जब चाहे जेकर रूप धर लेव. रिंकू घोष खातिर ई ड्रीम रोल बावे आ बहुते उत्साहित बाड़ी. कहतारी कि इच्छाधारी नागिन का बारे में लइकाइयें से सुनत आइल बाड़ी. कहली कि इच्छाधारी नागिन आ मां दुर्गा के भूमिका निभावल उनुकर सपना रहुवे जवन अब पूरा होखे जात बा. बेसी त ना बतवली बाकिर अतना जरूर कहली कि एह फिल्म के बहुते बड़हन पैमाना पर बनावल जाई.

रिंकू घोष के फिल्म ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ एह घरी बिहार का बाद मुंबई में सफलता के डंका बजावत बिया. उनुका किरदार के सभतर बड़ाई होत बा. एह फिल्म में रिंकू के स्टंट सीनो काबिले तारीफ बा.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..