रिंकू घोष भोजपुरी सिनेमा के रेखा कहाये लगली


भोजपुरी फिल्म “विदाई” के सफलता के बाद लोग रिंकू घोष के भोजपुरी सिनेमा के स्मिता पाटील कहत रहे आ आब उनका के भोजपुरी के रेखा कहल जा रहल बा. रिंकू घोष भोजपुरी सिनेमा के अकेला अभिनेत्री हई जिनका चुनौती वाली भूमिका करे में आनन्द मिलेला. भोजपुरी के तीन गो फिल्मन में रिंकू घोष रेखा जइसन किरदार कइले बाड़ी. जइसे “सुहाग” में ऊ “फूल बने अंगारे” वाला रेखा के झलक दिहली, त “मृत्युंजय” में “गजब” वाली रेखा के. “अवतार” फिल्मो में रिंकू के किरदार रेखा जइसन नायिका के रहे. अब नया बनत फिल्म “एख वरदान” में रिंकू घोष “मुकद्दर के सिकंदर” वाली रेखा के किरदार करत बाड़ी. एहसे जब फिल्म के मुहुर्त का मौका पर सभे लोग रिंकू के भोजपुरी सिनेमा के रेखा के खिताब दे दिहल त रिंकूओ चौंक गइली. रिंकू खातिर त ई सौभाग्य के बाति बा कि लोग उनकर तुलना रेखा से करत बा.
(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।