रिंकू घोष हैट्रिक मरली

Rinkuसिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष हैट्रिक मरले बाड़ी. पिछला एक महीणा में उनकर तीन गो फिलिम सुपरहिट भइल बाड़ी सँ. रिंकू घोष मनोज तिवारी संगे ‘गंगा जमुना सरस्वती’ कइली जवन सुपर हिट रहल. एकरा साथही रिलीज भइल रिंकू घोष के ‘साली बड़ी सतावेली’ फिलिमो सुपर डुपर हिट भइल. आ अब रिंकू घोष के एगो अउरिओ फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ बिहार में सफलता के डंका बजावत बिया. एह फिलिम के नायक बाड़ें चिंटू आ निर्देशक राजकुमार पांडे.
एक महीना में तीन गो फिलिमन के सफलता से रिंकू घोष बहुते उछाह में बाड़ी. एह सफलता ला ऊ पूरा टीम के बधाई देत बाड़ी. रिंकू घोष के आवे वाली फिलिमन में ‘कोठा जहाँ प्यार बिकेला’, आ ‘ई कईसन प्रथा’ बाड़ी सँ. ‘ई कइसन प्रथा’ में समाज के खोखलापन आ सदियन से चलल आवत प्रथा के राज खोलल जाई. एकर निर्माता हउवें राकेश कुमार वर्मा आ निर्देशक निहाल सिंह.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..