रिकार्डतोड़ बिजनेस करत बा देवरा बड़ा सतावेला

भोजपुरी सिनेमा के दू गो सुपरस्तार रविकिशन आ पवन सिंह का शानदार अदाकारी से सजल भोजपुरी फिल्म देवरा बड़ा सतावेला शानदार ओपनिंग कइला का बाद अब रिकार्ड़ तोड़ बिजनेस करे का तरफ शान से बढ़ चलल बा.
Ravi Kishan and Pawan Singh in Devra Bada Satavela
पटना के दिलीप जायसवाल के बनावल इ राजकुमार आर पाण्डे के निर्देशित एह फिल्म के बिहार का तीस गो सिनेमा हालन में एक साथ रिलीज कइल गइल रहे आ तीसो जगहा शानदार बिजनेस मिल रहल बा, इहां तक कि साउथो बिहार में धमाल के कलेक्शन मिल रहल बा. सीतामढ़ी के शंकर सिनेमा में त रोजे नया रिकार्ड बन रहल बा.

रिलीज का पहिला हफ्ता में देवरा बड़ा सतावेला के कुल कलेक्शन पचीस लाख रहल आ अबहियो एकर धमक कायम बा. एह साल के सबसे बड़ सफलता पाये वाली फिल्मन में एकर जगहा सबले ऊपर रही.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।