रिजर्वेशन करावल आसान बनवलसि रेलवे

आजु पहिला जुलाई से रेलवे में रिजर्वेशन करावे के काम एसएमएस से होखे लागल बा. अब ना त काउंटर पर घंटन खड़ा रहे के पड़ी ना कंप्यूटर पर घंटन लागे के पड़ी. बस आपन मोबाइल नंबर आईआरसीटीसी की वेबसाइट पर रजिस्टर करवा लीं आ जब जरूरत होखे त अपना मोबाइल से एगो एसएमएस भेज दीं. एह काम में दू बेर मैसेज भेजे के पड़ी जवना पर छह रुपिया खरच होखी आ रिजर्वेशन मिल जाई अगर खाली रहल त.

हालांकि एह सुविधा का बाद काम कतना आसान होखी इ त रिजर्वेशन करवला का बादे मालूम होखी. अबही ले के अनुभव से त डर इहे लागत बा कि अब कहीं अउर मुश्किल मत हो जाव रिजर्वेशन करावल.

एह बीच टिकट वापसी के रेलवे महँग बना दिहले बिया. अब अड़तालिस घंटा पहिले टिकट रद्द करवला पर खरचा काट के पूरा वापिस होखी. ओकरा बाद आ छह घंटा पहिले ले रद्द करावे पर पचीस फीसदी आ रद्द कराई काट लिहल जाई. बाद में रद्द करावे वालन से आधा दाम आ रद्द कराई लिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।