रिटायर्ड शिक्षक के हत्या आ व्यवसायी से लूट

शुक का दिने नावानगर इलाका के अतिमी गाँव का लगे एगो रिटायर्ड शिक्षक गुप्तेश्वर मिश्रा के हत्या कर दिहल गइल आ एगो दोसरा शिक्षक रमेश मिश्रा के घवाहिल क दिहल गइल. ई लोग अपना दुनाली बंदूक के सत्यापन करा के लवटत घरी पीएनबी के नावानगर शाखा से पचास हजार रुपिया निकाल के आगा बढ़ल त रास्ता में बाइक पर आइल अपराधी घेर लिहले आ गोली चला के एह लोग से दुनाली बंदूक आ रुपिया छीन के भाग निकलले. गुप्तेश्वर मिश्रा त ओहिजे मर गइले. घवाहिल रमेश मिश्रा के पीएमसीएच भेज दिहल गइल. एह लोग के संगे एक आदमी अउर रहे हरेराम साव जेकरा गोली नइखे लागल आ गोली चलत देख ऊ जान बचा के भाग निकलल.

एगो दोसरा घटना में पुराना भोजपुर में बाइक सवार अपराधी सर्राफा व्यवसायी गुड्डू वर्मा के गोली मार के चार लाख रुपिया के गहना ले भगलें. घवाहिल गुड्डू के पटना रेफर कर दिहल गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।