रियलिटी शो नृत्य के बड़का मंच ह – रिकी जैक्सन

गोलघर, पटना के मूल निवासी आ बहुमुखी प्रतिभा वाला नृत्य निर्देशक रिकी जैक्सन एगो संघर्ष का बाद अब हिंदी अउर भोजपुरी दुनु सिनेमन में निकहा व्यस्त हो गइल बाड़े. हिंदी सिनेमा के लगभग सगरी कोरियोग्राफरन के सहायक रह चुकल रिकी जैक्सन रियलिटी शो के नृत्य के बड़का मंच मानेले. उनुकर कहना बा कि -” फिलिमन आ स्टेजो शो में एगो सीमित दायरा में नृत्य पेश कइल जाला बाकिर रियलिटी शो में कई प्रतिभागियन से प्रतिस्पर्धा होला आ सभे दोसरा से बढ़िया परफार्म करे के कोशिश करेला”. रिक्की खुद पिछला साल “आई०पी०एल० शो”, डी० डी० वन के रियलिटी शो “नच ले”, “स्मार्ट वैलुएशन कंपनी”, “निशा कोठारी शो”, “तनुश्री दत्ता 31 दिसंबरर शो” वगैरह कर चुकल बाड़े.

रिकी जैक्सन अपना कैरियर के शुरुआत भलही हिंदी फिलिमन से कइलें बाकिर वरीयता भोजपुरी सिनेमा के देलें. अबले ऊ चार गो भोजपुरी फिलिमन में नृत्य निर्देशन कइले बाड़े. उनुकर पहिला भोजपुरी फिल्म रहल – “सजना आईले हमरे अंगना” आ चउथा फिलिम हवे “कलुआ भईल सयान”.

“पी० आर० जैक्सन डांस एकेडमी” ( अँधेरी मुंबई) शुरू करे का बारे में रिक्की कहले कि जब ऊ माया नगरी मुंबई अइले त केहू उनुकर सहायता कइल ना चाहत रहे. सभे कहे कि वापिस लवटि जा. तब मुम्बा देवी के आशीर्वाद से साल भितरे आपन डांस एकेडमी शुरू कर दिहले. अबही उनकर पैंतीस गो स्टुडेंट हैं बाड़े जिनका के नृत्य सिखावे का साथ साथ सहयोगो देत रहेले जेहसे एह लोग के ऊ झेले के मत परो जवन रिक्की खु भुगतले.”


(अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।