रिलांयंस जियो के देश भर में काम करे ला मिलल एकीकृत लाइसेंस

नयी दिल्ली. 25 अक्तूबर (वार्ता) देश मे निजी क्षेत्र के प्रमुख कंपनी रिलायंस इंडस्ट्रीज लिमिटेड के दूरसंचार सेवा कंपनी रिलायंस जियो इंफोकाम लिमिटेड.के पूरा देश में टेलीकाम सेवा देबे खातिर एकीकृत लाइसेंस मिल गइल बा.

एह बात के एलान करत कंपनी कहले बिया कि देश भर में सेवा देबे वाला लाइसेंस हासिल करे वाली ई पहिला कंपनी हिय. एह खातिर कंपनी आ दूरसंचार विभाग का बीच 21 अक्तूबर का दिने करार पर दस्तखत भइल.

कंपनी अब आईएसपी लाइसेस का संगही 4जी सेवा उपलब्ध करावे वाला ब्रांडबैड वायरलेस एस्सेस स्पेक्ट्रमो के एही एकीकृत लाइसेस का साथे मिला दिहले बिया आ अब पूरा देश में एकीकृत डिजिटल सेवा शुरू करे के योजना बनावत बिया.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।