प्रकाश झा के टीवी चैनल के जी मीडिया खरीद लिहलसि
-

मशहूर हिन्दी फिल्म निर्माता प्रकाश झा के इलाकाई टेलीविजन चैनल मौर्या टीवी के जी मीडिया कार्पोरेशन खरीद लिहलसि. एह बात के जानकारी मुंबई शेयर बाजार के जी मीडिया कहले बिया कि आजु निदेशक मंडल के बइठक में मौर्या टीवी के शत प्रतिशत हिस्सेदारी अधिग्रहण करे के मंजूरी दीहल गइल बा.
हालांकि कंपनी एह अधिग्रहण के वित्तीय लेन देन के कवनो जानकारी नइखे दिहले. मौर्या टीवी के बिहार आ झारखंड मे समाचार अउर समसामयिकी चैनल के रूप मे विशेष स्थान रहल बा.
(वार्ता)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..