रिलीज़ खातिर तइयार “प्यार के बंधन ना टूटे मितवा”

एम्.डी.वी.मोशन पिक्चर्स के पहिलका पेशकश “प्यार के बंधन ना टूटे मितवा” रिलीज़ खातिर तइयार हो गइल बा. निर्माता प्रवीण कुमार आ निर्देशक महमूद आलम के एह फिल्म के पोस्ट-प्रोडक्शन के सगरी काम पूरा हो गइल बा. एही फिल्म का साथे एम्.डी.वी. डिस्ट्रीब्युशनो का मैदान में उतरत बा.

फिल्म के तीन चरण में रिलीज़ करे के योजना बनावल गइल बा. पहिले उत्तर प्रदेश, फेर बिहार, आ आखिर में एकरा के पंजाब, दिल्ली आ मुंबई में प्रदर्शित कइल जाई.

संजीव राजपूत आ मनोज टाइगर के मुख्य भूमिका वाली एह फिल्म में निशी शालिनी, आराधना सिंह,किरण यादव, दिलीप सिंह, पूनम सिंह, राजेंद्र त्रिपाठी, कादिर शेख आ निखिल पाण्डेय उर्फ़ भोकाल सिंह मौजूद बाड़े. म्युज़िक दिहले बाड़न राजेश गुप्ता आ गीत लिखले बाड़न श्याम देहाती, जाहिद अख्तर आ एस.के.स्नेहिल.


(स्रोत : स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..